ताज़ा खबर

गोविंदगंज से विधायक रहल बाहुबली राजन तिवारी गिरफ्तार

गोरखपुर (the live ink desk). गोविंदगंज से विधायक रहल बाहुबली राजन तिवारी के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा। ई गिरफ्तारी रक्सौल से भइल बा। नेपाल सीमा से उत्तर प्रदेश अवुरी बिहार के संयुक्त पुलिस टीम गिरफ्तारी कईले बिया। गिरफ्तारी के बाद पूर्व विधायक राजन तिवारी के गोरखपुर ले आवल जाता। राजन तिवारी बहुत दिन से फेरारी काटत रहले।

राजन तिवारी मूल रूप से गोरखपुर के गगहा थाना क्षेत्र के सोहगौरा गांव के रहेवाला हवे। उनुका खिलाफ उत्तर प्रदेश अवुरी पड़ोसी देश बिहार में तीन दर्जन से जादे गंभीर धारा के मामला दर्ज बा। राजन तिवारी बिहार के गोविंदगंज विधानसभा सीट से दू बेर विधायक बनल बाड़न। 2019 के आम चुनाव में राजन तिवारी के भारतीय जनता पार्टी के सदस्यता मिल गईल रहे।

यह भी पढ़ेंः बुध का देर साँझ दू गो दुकानन से छह लाख रुपिया बदमाश लूट लिहले

गोरखपुर पुलिस अधीक्षक कृष्ण कुमार विश्नोई के मुताबिक राजन तिवारी के गिरफ्तार कइ के गोरखपुर ले आवल जाता। राजन तिवारी के नेपाल भागे के कोशिश करत रक्सौल के हरैया ओपी थाना क्षेत्र से यूपी-बिहार के संयुक्त पुलिस टीम गिरफ्तार क लेले रहे।

उत्तर प्रदेश के टॉप माफिया के सूची में राजन तिवारी के नाम शामिल बा। एह सूची में शामिल सगरी माफिया का खिलाफ होखत कार्रवाई के समीक्षा का दौरान पता चलल कि राजन तिवारी का खिलाफ कई बेर गैर जमानत वारंट जारी भइल। बाकिर कैंट थाना के पुलिस वारंट देबे से परहेज करत रहुवे। बाहुबली राजन तिवारी पर हत्या के आरोप बा। कैंट थाना में मुकदमा दर्ज करावल गइल बा।

यह भी पढ़ेंः 31 गो गुंडा के जिला से बाहर भेज दिहल गइल बा

Related Articles

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button