ताज़ा खबर

31 गो गुंडा के जिला से बाहर भेज दिहल गइल बा

प्रतापगढ़ (संजय कुमार). आपराधिक काम में लिप्त 31 गो गुंडा के जिला से बाहर भेज दिहल गइल बा। एकरा अलावे एगो हथियार के लाइसेंस भी रद्द क दिहल गईल बा। जिला मजिस्ट्रेट डा. नितिन बंसल 17 आ अपर जिला मजिस्ट्रेट त्रिभुवन विश्वकर्मा 14 लोग पर गुडा नियंत्रण अधिनियम के धारा 3(3) के तहत कार्रवाई कइले बाड़न।

एकरा अलावे आपराधिक गतिविधि में लिप्त लाइसेंसधारी प भी कार्रवाई कईल गईल बा। आदम अली (निवासी ग्राम अहलादगंज) के आर्म्स परमिट के शर्त के उल्लंघन करे के दोषी पावल गइल बा। जिला मजिस्ट्रेट डा. नितिन बंसल लाइसेंस रद्द कर दिहले बाड़न।

यह भी पढ़ेंः बुध का देर साँझ दू गो दुकानन से छह लाख रुपिया बदमाश लूट लिहले

यह भी पढ़ेंः सपा के क्षेत्र पंचायत प्रमुख की 3.75 करोड़ की सपंत्ति कुर्क

Related Articles

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button