ताज़ा खबर

महंगाई आ बेरोजगारी जइसन मुद्दा से जनता के ध्यान हटावत बा भाजपाः अखिलेश यादव

आजमगढ़ (the live ink desk). सपा विधायक रमाकांत यादव से मिले खातिर समाजवादी पार्टी के मुखिया अखिलेश यादव सोमार का दिने जिला जेल पहुंच गइलन। फुलपुर पवई से विधायक रमाकांत यादव से 35 मिनट तक मुलाकात कईला के बाद अखिलेश यादव कहले कि भाजपा जानबूझ के समाजवादी पार्टी अवुरी विपक्ष के लोगन प केस ले आवे के कोशिश करतिया। भाजपा पहिलही से फर्जी केस लगा के 2024 के लोकसभा चुनाव के तइयारी में लागल बिया।

यह भी पढ़ेः यूपीआई से लेनदेन पर नहीं लगेगा कोई शुल्कः वित्त मंत्रालय

अखिलेश यादव कहले कि 20 साल पुरान ए मामला में सरकार के इशारा प विधायक रमाकांत यादव के जेल में डाल दिहल गईल रहे। उनुका खिलाफ लगातार झूठा केस लगावल जाता अवुरी सरकार चाहतिया कि उ जेल में रहस। उ कहले कि महंगाई, बेरोजगारी जईसन मुद्दा से बचे खाती भाजपा अयीसन काम करतिया। जानबूझ के जनता के ध्यान हटावे के कोशिश कईल जाता। एकरा संगे-संगे विपक्ष के नेता आवाज़ ना उठा पवले एहसे इ लोग ए लोग के निशान लगा के, झूठा केस लगा के जेल भेजतारे।

यह भी पढ़ेः खेत जा रहे युवक की लाठी-डंडे से पीटकर हत्या

लोकसभा उपचुनाव में ना आवे के सवाल प अखिलेश यादव कहले कि एकर समीक्षा कईल गईल बा, लेकिन ए लोग के इहां के लोग प विश्वास बा कि साल 2024 में सूद के संगे इ सीट वापस लिहल जाई। सपा के बारे में बोले, समाजवादी पार्टी के सदस्यता अभियान खतम होखला के बाद पार्टी एगो बड़ फैसला लेके सरकार के खिलाफ खड़ा देखाई दिही।

Related Articles

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button