ताज़ा खबर

पेंशन अदालत 7 सितंबर के होई

भदोही (कृष्ण कुमार द्विवेदी). वरिष्ठ कोषागार अधिकारी धर्मेन्द्र पति त्रिपाठी बतवले कि आयुक्त के अध्यक्षता में 7 सितंबर के आयुक्त कार्यालय सभागार में पेंशन अदालत के आयोजन कईल जाता। एह पेंशन अदालत में विंध्यचल मंडल के भदोही जिला के सगरी पेंशनधारी अपना-अपना समस्या का साथे कोर्ट के लाभ उठा सकेलें। एह अदालत में सरकारी कार्यालय से सेवानिवृत्त कर्मचारियन के अइसन मामिला, जिनकर पेंशन, ग्रेच्युटी मंजूर नइखे भइल, प्रतिनिधित्व पर विचार कइल, सेवानिवृत्त लोग के वेतन में गलत संशोधन वगैरह के शिकायत कइल जा सकेला।

अइसन पेंशनभोगी लोग के जवन मामिला हाईकोर्ट में लंबित बा, ओह मामिला पर विचार ना कइल जा सके। पेंशन अदालत में मुकदमा दाखिल करे खातिर आवेदन पत्र के फार्मेट ट्रेजरी भदोही में उपलब्ध बा। उपरोक्त आवेदन पत्र तीन प्रति में भर के 26 अगस्त तक भदोही के कोषागार कार्यालय में जमा कर दीं। अधूरा आवेदन पर विचार ना कइल जाई।

यह भी पढ़ेंः 31 गो गुंडा के जिला से बाहर भेज दिहल गइल बा

यह भी पढ़ेंः बुध का देर साँझ दू गो दुकानन से छह लाख रुपिया बदमाश लूट लिहले

Related Articles

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button