ताज़ा खबर

लूट के पर्दाफाश हो गइलः दु गो चचेरा भाई गिरफ्तार, 4.69 लाख रुपया बरामद

प्रयागराज (संजय कुमार). 14 अगस्त के लूट के घटना के अंजाम देवे वाला बदमाश के पुलिस गिरफ्तार क लेले बिया। एसओजी आ मांडा पुलिस के संयुक्त टीम मांडा इलाका के धरांवनारा से दू गो चचेरा भाई के गिरफ्तार कर लिहले बिया। एह लोग से लूट के 4.69 लाख रुपया भी बरामद भइल बा। पूछताछ के बाद दुनो लोग के चालान कईल गईल बा।

मांडा क्षेत्र के टिकरी (बभनी हेठार) निवासी फूलचंद्र जायसवाल हिंदुस्तान यूनिलीवर के एजेंसी चलावेले। उ 14 अगस्त के सांझ टिकरी, कार्यालय से साइकिल से लवटत रहले। उनुका बैग में दिन भर के वसूली के 4.69 लाख रुपया रहे। ए दौरान बाइक सवार बदमाश हमला क के पईसा लूट लेले। ए मामला में फूलचंद्र जायसवाल थाना में शिकायत देले। एकरा प पुलिस धारा 394 के मामला दर्ज क आरोपी के तलाश शुरू क देलस।

यह भी पढ़ेंः गोविंदगंज से विधायक रहल बाहुबली राजन तिवारी गिरफ्तार

पुलिस के ओर से गिरफ्तार आरोपी से जब पूछताछ भईल त पाता चलल कि ए लूट में फूलचंद्र के एजेंसी में काम करेवाला सेल्समैन शामिल बा। सेल्समैन नीरज कुमार पांडेय अपना साथी कमलेश पांडेय के संगे मिल के लूट के योजना बनवले अवुरी 14 अगस्त के जब फूलचंद्र साइकिल से पईसा लेके घरे जात रहले त नकाबपोश नीरज कुमार पांडेय अवुरी कमलेश पांडेय रास्ता में एकांत जगह प लाठी से फूलचंद्र प हमला क देले। जवना के चलते फूलचंद्र साइकिल से गिर गईले अवुरी ओकरा बाद बाइक प सवार दुनो बदमाश पईसा से भरल बैग लेके फरार हो गईले।

यह भी पढ़ेंः 31 गो गुंडा के जिला से बाहर भेज दिहल गइल बा

पुलिस के ओर से पकड़ल गईल नीरज कुमार पांडे अवुरी कमलेश पांडे दुनो चचेरा भाई हवे। पूछताछ के दौरान पता चलल कि आरोपी नीरज पांडेय के बियाह पछिला साल भईल रहे। एकरा अलावे उ मकान बनावे खाती लोन (कर्ज) भी लेले रहले। एकरा के वापस करे के दबाव बनल रहे। एही से उ डकैती के योजना बनवले रहले। गिरफ्तारी टीम में निरीक्षक अरुण कुमार, निरीक्षक सुभाष सिंह यादव, वरिष्ठ उप निरीक्षक रामकेवाल यादव, एसओजी प्रभारी (यमुनापार) रंजीत सिंह समेत पूरा टीम शामिल रहे।

Related Articles

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button