ताज़ा खबर

मंगला आरती के दौरान दुगो श्रद्धालु के दम घुट गईल

मथुरा (the live ink desk). श्रीकृष्ण जन्मोत्सव के मौका प बांके बिहारी मंदिर में आयोजित मंगला आरती के दौरान दुगो श्रद्धालु के दम घुट के मौत हो गईल। घटना ओ समय भईल जब भीड़ अपना चरम प रहे अवुरी ओकरा भीतर तिल राखे के जगह ना रहे। एह दौरान कुछ श्रद्धालु लोग के साँस लेवे में परेशानी होखे लागल। आ एक दू गो भक्त गिर गइले. जब तक मामला समझ में आईल अवुरी राहत के काम शुरू भईल तब तक दुगो तीर्थयात्री के मौत हो गईल रहे, जबकि कुछ लोग के इलाज खाती अस्पताल पहुंचावल गईल रहे।

हिंदी में पढ़ेंः श्रीकृष्ण जन्मोत्सवः बांके बिहारी मंदिर में दम घुटने से दो श्रद्धालुओं की मौत

शुक्र के रात वृंदावन के बाँके बिहारी मंदिर में जन्माष्टमी के पर्व मनावे आ मंगल आरती में भाग लेबे खातिर मंदिर में आ ओकरा आसपास श्रद्धालु लोग के भारी भीड़ रहे। भारी भीड़ के चलते मंदिर के निकास फाटक प एगो भक्त बेहोश हो गईल, जवना के चलते लोग के आवाजाही बंद करे के पड़ल। बतावल जाता कि एकरा चलते मंदिर परिसर में मौजूद लोग के दम घुटे लागल। जबले हालात सामान्य हो गइल आ भक्तन के प्रवेश आ बाहर निकले के काम शुरू हो गइल, तबले दू गो तीर्थयात्री के मौत हो गइल आ कुछ लोग के अस्पताल में भरती करावे के पड़ल।

मथुरा जिला के एसएसपी अभिषेक यादव एह हादसा के पुष्टि कइले बाड़न, उ बतवले कि कान्हा के जन्मोत्सव के बाद बाँके बिहारी मंदिर में मंगला आरती के दौरान श्रद्धालु लोग के भारी भीड़ रहे। ठाकुर बांके बिहारी के दर्शन खातिर जुटल श्रद्धालु लोग के भीड़ के चलते मंदिर परिसर में गोड़ लगावे तक के जगह ना रहे, जवना के चलते मंदिर परिसर में मौजूद दु श्रद्धालु के मौका प मौत हो गईल अवुरी कुछ लोग के अस्पताल में भर्ती करावे के पड़ल।

 

Related Articles

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button